सतुवा भूजा चोखा चटनी

ईया बाबा दीदी बहिनी

फूआ फूफा  काका काकी 

लोटा थारी हाड़ी गगरी

ओखरी मूसर जांता जांती

कुछऊ बोलीं कविते लागी

भोजपुरी ह अईसन बोली

जनि शरमाईं बोली बोलीं 

आपन बोली ,आपन बोली

अइसन वइसन ,जईसन तयिसन 

फूहर पातर ,बाउर नीमन

करिया गोरहर सांवर उज्जर

गीत गवनई बिरहा सोहर

कुल  सोहगर मनगर मनसायन

कुछऊ सोचीं लागी नीमन

भोजपुरी ह अईसन बोली

मिशरी जईसन आपन बोली

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है

श्री योगेश छिब्बर की कविता -अम्मा