Posts

Showing posts from September, 2014

भोजपुरी

सतुवा भूजा चोखा चटनी ईया बाबा दीदी बहिनी फूआ फूफा  काका काकी लोटा थारी हाड़ी गगरी ओखरी मूसर जांता जांती कुछऊ बोलीं कविते लागी भोजपुरी ह अईसन बोली जनि शरमाईं बोली बोलीं आपन बोली ,आपन बोली अइसन वइसन ,जईसन तयिसन फूहर पातर ,बाउर नीमन करिया गोरहर सांवर उज्जर गीत गवनई बिरहा सोहर कुल  सोहगर मनगर मनसायन कुछऊ सोचीं लागी नीमन भोजपुरी ह अईसन बोली मिशरी जईसन आपन बोली