कुल भयवा पगलाईल बाड़े

आपस में अझुराईल बाड़े

भाषा प्रान्त और जाति धरम में

कुल्हि जनां भरमायिल बाड़े


एक दुसरे से नफरत कईके

सबकर जीयल आफत कई के

भाईचारा बतियावेलन

झगड़ा कई के झंझट कई के

अईसन शकुनी माहिल बाड़े....आपस में


वादा उप्पर वादा कईलस

जनता उनकर झोली भरलस

लेकिन जीत गइल त उहे

जनता के बन्ने भुलववलस

अब जनता बउराईल .बाड़े...आपस में

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है