हमहूं बड़ा फेर में बानीं

बाबा साहेब भीम राव जी

जाने कवन बिरादर रहुवें 

आखिर उतना बड़ मनई के

जाति बतवले का मिलि जाई

आ अईसन बड़हन सोचे वाला

जाति धरम से उप्पर होलें

का  उहवाँ के जानतारS

खलिहा उनके मानतारS

तब काहें तूँ जाति पकड़ के

आजु तलक ले बईठल बाड़S

बाबा साहेब का का कहुवें

जाने के कब कोशिश कईलS

बाबा कहलें जाति हटावS

जाति पकड़ि के बईठल बाड़S

बाबा  कहुवें दीपक हो जा

तूँ अन्धकार में भागतारS

शिक्षा अउर संगठन पहिले

तब संघर्ष मनावल जाई

पढ़S  लिखS ए भईया लोगन

इहे श्रध्दा सुमन कहाई!!!!!!

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है