ए भइया!तूँ ई का कईलS।

आगि लगा के कोना धइलS।।

आपन बोली माई दादा

गांव गड़ा कुल बिसरा दिहलS।।

हम सोचलीं तूँ आगे जइबS

तूँ एतने में छितरा गइलS ।।

करिया से उज्जर ना होइबS

हरखू से तS हैरी भइलS ।।

आजु गाँव में अइबो कइलS

अवते घर बांटे के  कहलS ।।

मेहरी पवलS मेहरा होके

माई के गरियावे लगलS।।

जा ए बाबू जूड़े रहिहS

जइसन कइलS  नीके कइलS।।

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है