सब खतम भईल अब रोवS जिन।

अब एतनो सरवन होवS  जिन।।


रहले पर नाही पतियवलS

डटलS मरलS आ गरियवलS

गइले पर लोर चुवावS  जिन।।


ऊ तुहरे करतिन कुल कइलें

हग्गल मूतल कुल सरियवलें

उनकर नेकी बिसरावS जिन।।


तूं सुतलS उ जागत रहलें

कोरॉ ले ले टहरत रहलें

बड़ भईलS अब टेढ़ीयावS जिन।।


माई दादा कुलि भूलि गईल

नवकी माई जब आय गईल

मानS नीमन मेहरावS जिन।।

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है