एगो मित्र के दुकान कस्बा में बावे ,एकदम्म रोडवे से सटल ।मित्र के छोट भाई छोटू  बैठेलन । नाम से छोटू बाकिर आदत से बम्मड़।

एक हाली  गौंवे के एगो काका लगिहन बाछी लिहले जात रहुवन । 

छोटूवा बोललस ,काका सकराहे केने हो ?

काका  कहुवन ,पाल खईले बिया भारी करे ले जात बानी । 

बात आईल गईल हो गईल ।

 एक दिन काका काकी के साथै जात रहुवन । 

छोटुवा पूछता ,ए काका आजू नाही बताईब केने जात बानीं ?

काका लाठी तान के खदेर लिहलन ।

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

श्री योगेश छिब्बर की कविता -अम्मा

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है