एतना हाली सुति गईलू।

का वादा कईले रहलू।।

काहें के रिसियाइल हउ

का हम कहलीं का सुनलू।।

मन में कौनो बात रहल

एक्को हाली बतियवलू।।

सात जनम के वादा बा

चारे दिन में चल दिहलू।।

आज बउरहा बानी हम

पहिले कब्बो पतियवलू।।

Suresh sahani Adeeb, kanpur

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है

श्री योगेश छिब्बर की कविता -अम्मा