फाग चलत बा फागुन में

रंग जमत  बा फागुन में

देवरो दूसर खोजत बा

घात करत बा फागुन में

भैया बाड़े दुबई में

गांव बहत बा फागुन में

तुहउँ अईबू सावन ले

देहिं जरत बा फागुन में

अमवो तक बौराईल बा

सब गमकत बा फागुन में

रउरे अइसे ताकी जिन

मन बहकत बा फागुन में

देहिं थकल मन मातल बा

भर असकत बा फागुन में।।

सुरेशसाहनी, कानपुर

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है