का इतिहास पढ़ावल जाता।

का इतिहास पढ़ावल जाता।
बातन से भरमावल जाता।।
देश के करतिन जे कुछ कईलस
तेकर नाम सभे भुलववलस
जे जे रहल खिलाफ देश के
तेकर मान बढ़ावल जाता।।का...
जेही बैठी तेही खाई
देख!नेतन के अधिकाई
देश बेच कर के जनता के
देशराग सुनवावल जाता।।का.....

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है

श्री योगेश छिब्बर की कविता -अम्मा