मोर मलकिन प्रधान


गाँव -गड़ा में मान बहुत बा।
अब हमरो पहचान बहुत बा।।
रउरे इंग्लिश जनि बतियाईं
रउरे से त ज्ञान बहुत बा।।
हम सउखन मांगे चली अइनी
अईसे घर में धान बहुत बा।
इ ह देशी अउरी चूसीं
अबहीन एम्मे जान बहुत बा।।
होखब रउवा  लाट कलट्टर
मोर घरनी परधान बहुत बा।।
ए छोटुवा!निकाल ते लाठी
सरवा बनत सयान बहुत बा।।
बिना मान के मैदा माहुर
रहे प्रेम त पान बहुत बा।।

Comments

Popular posts from this blog

भोजपुरी लोकगीत --गायक-मुहम्मद खलील

र: गोपालप्रसाद व्यास » साली क्या है रसगुल्ला है

श्री योगेश छिब्बर की कविता -अम्मा